hindisamay head


अ+ अ-

कविता

नदी भइल नैना

जगदीश ओझा सुंदर


सगरी बिपतिया के गाड़ भइल जिनिगी
नदी भइल नैना पहाड़ भइल जिनिगी

आग जरे मनवा में
धधकेले सँसिया
असरा में धुँआ उठे
प्रान चढ़ल फँसिया
देहि के जरौना बा भाड़ भइल जिनिगी
नदी भइल नैना पहाड़ भइल जिनिगी

केहू माँगे घूस केहू -
माँगे नजराना
केहू माँगे सूद मूर
केहू मेहनताना
कुकुर भइले जुलुमीजन हाड़ भइल जिनिगी
नदी भइल नैना पहाड़ भइल जिनिगी

 


End Text   End Text    End Text