अ+ अ-
|
आजु तिलक में छौड़ा के, कल छौड़ी के बरियात में
दिनभर मँड़वाने-भतवाने जबरन जगरम रात में
नेवता पर नेवता पर नेवता एक लगन में चरि चरि गो
एने लूक लहरिया मारे रोके पत पीपर-बर हो
ए चाचा तू ओहिजा होल, ए बाचा तू होहिजा में
दिनभर मँड़वाने-भतवाने....
ओइजा नेवता नगद चलेला, होइजा धोती आ साड़ी
हो हितई त चहुँपावे के बाटे दही भरल हाँड़ी
छूटे मत हिल हिंड़ा न जाये भुला न जाए बात में
दिनभर मँड़वाने-भतवाने....
पाँच बजियवा बस के सट्टा, सात बजियवा बिगड़ल बा
आठ बजियवा दस पर पहुँचल, चवा-चूल ले ठकचल बा
जिपिया माँगे एबरी-दोबरी दे द जिउआ जाँत के
हब उहँवा नस्ता सँपरा के, हुँहवा पहुँचब पाँत में
लागल खोंच नया कुर्ता में, फाटल गंजी झाँकत बा
कवन सफाई लंगड़इला के, माँगल पनही काटत बा
ई सुख का जाने जे सरवा, खेलत बा अफरात में
दिनभर मँड़वाने-भतवाने....
|
|